कोरोनावायरस का होला आ हम एकरे बारे में का कर सकिला?

कोरोनावायरस या कोरोना एगो बहुत छोटा किटाणु होला (एतना छोट कि आंख से देखाई भी नाहीं देही) जवन कि एक दूसरा में फईलेला आ लोग के बेमार करेला। कोरोना से भायरल जईसन लच्छन पैदा होला जईसे कि सुखा खांसी, सांस के फुलल, बोखार अउरी देह में दरद। कोरोना जास्ते फेफड़ा के बेमारी करेला। हालाकी, जादेतर अदमी में ई कवनो खास खतरनाक नाहीं होला, बाकिर एसे (फेफड़ा के खतरनाक बेमारी) ननमुनिया हो सकेला आ बहुत सिरियस रहले पर जानो ले सकेला।

कोरोना केहु के हो सकेला। बाकिर पुरनिया होखं चाहे पहिले से कौनो बेमारी जइसे दमा, कैंसर चाहे शुगर होखे त ऊ आदमी में ई सिरियस हो सकेला।

कोरोनावायरस बेमार आदमी के सांस लेहले से, खंसले से आ छिंकले पर ओकरे खखार के कवनो दूसरे आदमी के ऊपर चल गईले से, चाहे कवनो समान आ खाना पर पड़ गईले से दूसरे आदमी में फईलेला। ई आदमी के देह में मुंह, नाक आ आंख से घुसेला। एक बार शरीर में घुस गईले पर ई आपन संख्या बढ़ाई आ चारों ओर फईल जाई। ई बेमारी के कवनो लच्छन देखवले बिना शरीर में चौदह दिन तक रह सकेला। एहिसे कोई के कोरोना भईल हो सकेला आ ओके कुच्छो पतो नाहीं चली अउरी ऊ दुसरे के बेमार करत रही।

एंटीबैटीक अउरी घरऊ दवाई से कोरोना नाहीं मरेला। कोरोनावायरस से बचे खातिन कोरोना धईले अदमी से दूर दूर रहल अउरी बार बार हाथ धोवले उपाय बा।

इंफेक्शन से बचे खातिन साबुन पानी से हाथ धोवे के चाही। जब हाथ गंदा नईखे लगत तब्बो धोवे के चाही। गट्टा तक हथेली अउरी नोंह के नीचे साबुन पानी से रगड़ रगड़ के हाथ धोवे के बीस सेकेंड तक धोवे के चाही। साबुन पानी से हाथ धोवले से हाथ पर लगल रह गईल कोरोनावायरस मर जाला। हरमेसे खाना बनावे से पहिले, ओकरे बीच में अउरी ओकरे बाद, लैट्रीन के बाद, खाए के पहिले, कौनो बेमार के सेवा कईले पर, जानवर आ ओकर गन्दगी छुवले पर अऊरी खंसले, छींकले आ पोंटा सुड़ुकले पर हमेशा साबुन पानी से हाथ धोवे के चाही।

बिना हाथ धोवले, आंख, नाक, मुंह नांहीं छुवे के चाही। हाथ के बहुत कुल समान से छुवाई होला जहवां से कोरोना धर सकेला। ओकरे बाद हाथ के छुवाई से ऊ आंख, नाक, मुंह में जा सकेला। ओहिजा से शरीर के अउरी भित्तर जाके बेमार कर सकेला।

सांस के कवनो बेमारी आ सर्दी जोखाम बोखार वला अदमीन से दूरे दूर रहल बड़ी जरूरी बा। खंसले छींकले पर हमेशा बांह मोड़ के पंखुरा में खांसे के चाही। खुला जगह पर कबो मत थूंकिह।

कवनो खांसे छींके वला आदमी से हरदम एक हाथ के दुरी पर रईह। कब्बो कवनो सर्दी जोखाम वला आदमी के लग्गे मत जईह।

अगर कवनो बोखार, खांसी आ सांस के बेमारी वला आदमी के खिआल रखे के पड़ता त मास्क लगावल अउरी हाथ धोवल कब्बो मत भूलईह।

छुवे छावे से बचाव कोरोना से बचे के सबसे आसान उपाय बा। कोरोना अउरी दूसर भाईरस, हाथ मिलवले से आ ओकरे बाद आंख, नाक, मुंह छुवले से फइलेलसन। एहिसे कोई से मिले गईले पर हाथ मिलावे आ गला मिलले के बदले हाथ जोड़ के नमस्ते करीं आ चाहे हाथ हिला के नमस्कार करीं। अगर आपके इलाका में कोरोना फइलल होखे त घरे पर रहीं, बाहर मत निकलीं।

घरे पर ही रहिह अगर तनिको तबियत खराब बुझाय जईसे कि सिरदर्द, हल्का फुल्का नाक बहल आ बोखार आईल, जब तक कि ई सब ठीक न हो जाए। अगर छींक आवत होखे, सूखा खांसी आवत होखे, सांस लेवे में दिक्कत होखे आ चाहे बोखार होखे, जेतना जल्दी होखे डॉक्टर के पास जा काहे से कि ई फेफड़ा के इंफेक्शन आ अउरी सिरियस चीज हो सकेला।

कोरोना के बारे में झूठा जानकारी अउरी अफवाह बहुत ही खतरनाक, जानलेवा भी हो सकेला। जइसे कि दारू चाहे पानी साफ करे वाला पाउडर पियले से कोरोना से बचाव के बदले खतरा जादा बा। यहां तक कि दोस्त रिश्तेदार से मिले वाला जानकारी भी गलत आ खतरनाक हो सकेला। खाली अगल बगल के डाक्टरी-अस्पताल से मिले वाला एकुरेट जानकारी पर विश्वास करीं।

आप ई जानकारी अपने जान-पहचान अउरी दोस्त यार के बीच में एस एम एस अउरी व्हाट्सएप से भेज के कोरोना से लड़ाई में मदद कर सकेनी।

ई जानकारी ऑडियोपिडिया नाम के संस्था के माध्यम से देहल जात बा, जेकर प्रयास दुनिया भर में हेल्थ से संबंधित जानकारी रिकार्ड करके सुनावे के बा।
जादा जानकारी खातिन www.audiopedia.org पर जाईं।